शनिवार के मसौढी में एगो कॉलेज भवन अवुरी एगो महिला छात्रावास के उद्घाटन करे पहुंचल बिहार के शिक्षा मंत्री अवुरी कांग्रेस पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष अशोक चौधरी कहले कि, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार शिक्षा के मामला में बहुत गंभीर बाड़े अवुरी एकरे चलते राज्य में शिक्षा के हालत दिन-प-दिन बेहतर भईल जाता।
शिक्षा के हालत सुधारे में शिक्षक वर्ग के योगदान के सम्मान करत शिक्षा मंत्री कहले कि, 'आप (शिक्षक) लोग के प्रयास अवुरी सहयोग से प्राथमिक शिक्षा में बहुत बड़ बदलाव भईल, लेकिन उच्च शिक्षा के हालत अभियो संतोषजनक नईखे अवुरी इहाँ बहुत सुधार के जरूरत बा।'
चौधरी कहले कि, बिहार सरकार शिक्षा के स्तर में सुधार लेयावे खाती जीतोड़ प्रयास करतिया लेकिन शिक्षक अवुरी अभिभावक के सहयोग के बिना इ संभव ना होई। ए मौका प अशोक चौधरी कहले कि, सरकार +2 स्तर (इंटर) के स्कूल में शिक्षक के कमी के पूरा करे खाती बहुत जल्दी 12 हज़ार शिक्षक के बहाली करी।
शिक्षा मंत्री कहले कि, मुख्यमंत्री शिक्षा स्तर बढ़ावे के मामला में गंभीर बाड़े अवुरी एकरे नतीजा बा कि राज्य के प्राथमिक शिक्षा के बखान भारत सरकार के सचिव कईले अवुरी बिहार के स्वर्ण पदक से सम्मानित कईले।
ए मौका प अशोक चौधरी पुनपुन के एसएमडी कॉलेज के मेन गेट के नजदीक 497.96 लाख के लागत से बनल 6 सड़क अवुरी पुलिया के उद्घाटन कईले। संगही, ए मौका प ग्रामीण कार्य मंत्री शैलेश कुमार 217.87 लाख के लागत से बनेवाली एगो सड़क आ एगो पुलिया के शिलान्यास कईले।

Comments
Post a Comment